FeaturedJamshedpurJharkhandNational

सभ्यता के मिठास खोजेला सतुवान – विश्व भोजपुरी विकास परिषद

जमशेदपुर। शुक्रवार को दोपहर 12 बजे विश्व भोजपुरी विकास परिषद के नेतृत्व में अटल स्मुदायिक भवन ईस्टप्लांट बस्ती बर्मामाइंस , जमशेदपुर में सतुवान मनावल गइल , जेवना में चना और जौ के सत्तू , आम और पुदीना के चटनी, प्याज, गुड , नमक, मिर्च और अचार के संगे कार्यक्रम के पूरा कईल गइल
ई कार्यक्रम में जुटे खातिर सभे के स्वागत और आभार व्यक्त कईले विश्व भोजपुरी विकास परिषद के महामंत्री मिथिलेश श्रीवास्तव और कहनी की हमनी के ई पर्व से वैसाख महीना के शुभारंभ भईल और हमनी के आज सूर्योदय भगवान के पूजा कइके नया अनाज के गरहन करी ले जा और खुशियां मनाई ले जा और ई दिन के हमनी के बेसब्री से इंतजार करीले जा रउआ सभे अइनी ई खातिर विश्व भोजपुरी विकास परिषद पूरा गदगद बा।
ओहि कार्यक्रम में जुटल रही परिषद के राष्ट्रीय अध्यक्ष श्रीनिवास तिवारी जी कहले की विश्व भोजपुरी विकास परिषद के एक ही मकसद बा आपन सभ्यता और संस्कृति के जिंदा रखे के और ई खातिर हमनी के काम भी करतानी जा जवना से की समाज में भोजपुरी भाषा के समृद्धि और मजबूती पर निरंतर आगे बढ़े के और मजबूती प्रदान करे के , और हमनी के संकल्पित बानी जा की सतुवान भी एगो ट्रेंड बन के बाजार में बड़ा पर्व के रूप में मनावल जाई ताकि लोक संस्कृति और सभ्यता के रक्षा हो सके,और समाज के बेहतर भविष्य भी ई हे में बा ।
कार्यक्रम में मुख्य रूप से कन्हैया सिंह, मुन्ना चौबे, धनुर्धर त्रिपाठी,सुनील सहाय, अरुण पांडेय,राधाकांत श्रीवास्तव,संजय स्नेही, विष्णु भगवान पाठक, प्रदीप झा, बबलू राय, दुर्गा राव, अप्पू तिवारी, संतोष सिंह, रितिक चौबे, निरंजन तिवारी, प्रमोद पाठक, बबलू चौबे, संजय मिश्रा, अरुण शुक्ला, जय सिंह, राजीव सिंह, लक्षुम्ना यादव, समेत कई लोग जुटल रहे लोग ।

Related Articles

Back to top button